#Gazal by Aasee Yusufpuri

भोजपुरी ग़ज़ल

 

दिल में हलचल मचा के गइल

रूप  अइसन  देखा  के गइल

 

मनवा  बेचैन   बा  का  करीं

जब से  उ मुस्किया के गइल

 

होश में    ई रहेला      न मन

जाने का, उ  खिया के गइल

 

रात सपना में       आइल रहे

सेज फूलवा    सजा के गइल

 

दिल से निकसी न आसी कबो

मन में अइसन  समा के गइल

——————

सरफ़राज़ अहमद आसी

122 Total Views 3 Views Today
Share This

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *